Thursday, December 8, 2016

नोटबंदी पर बिदेसिया नाचगीत: नसीबन तोहरा चलते

नोटबंदी पर बिदेसिया नाचगीत:
नसीबन तोहरा चलते

के के बदनाम भइल
नसीबन तोहरा चलते?...
*
दीदी जी बाल नोचे
नसीबन तोहरा चलते,
बहिन जी आगबबूला
नसीबन तोहरा चलते,
कजरुआ पागल भइल
नसीबन तोहरा चलते,
घसचोरवा अकबक बोले
नसीबन तोहरा चलते,
मम्मी के मनिका ढहल
नसीबन तोहरा चलते,
पप्पुआ लाइन में लागल
नसीबन तोहरा चलते,
ठकुरवा अलबल बोले
नसीबन तोहरा चलते।
*
नेतवा बेहाल भइल
नसीबन तोहरा चलते,
भोटबैंक खसकल जाता
नसीबन तोहरा चलते।
*
नक्सलिया धरती धइलस
नसीबन तोहरा चलते,
जेहदिया पत्थर भुलाइल
नसीबन तोहरा चलते,
पढ़ुआ अब भड़ुआ लागे
नसीबन तोहरा चलते,
भगतन के पोल खुलत बा
नसीबन तोहरा चलते।
*
धनपशुन टेटुआ भइलें
नसीबन तोहरा चलते,
गरिबहा बम बम नाचे
नसीबन तोहरा चलते,
मोदिया निर्मोही लागे
नसीबन तोहरा चलते।
*
के न बदनाम भइल
नसीबन तोहरा चलते।

0 Comments:

Post a Comment

Subscribe to Post Comments [Atom]

<< Home